ईमान  सबका लगे ओरा  गइल बा

ईमान  सबका लगे ओरा  गइल बा

लाज  कवनों ठंइया  हेरा गइल बा

 

अब  केहूए  त झण्डा  उठइबे करी

अनीति  से करेजवा पीरा  गइल बा

 

ई देश, ई जनता के भला कइसे होई

साहब लोग के जांगर कीरा गइल बा

 

गरीब रोऽत बाटे  हे  भगवान रोटी द

जब  जनमे  से  मँुहवा चीरा गइल बा

 

अंग्रेजवन  से त जीते  गइल ई देशवा

अब  नेतवन  से देशवा  हरा गइल बा

 

Leave A Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

[an error occurred while processing the directive]
error: Content is protected !!