ऊ माली हकीकत खू चिन्हत बा

 

ऊ माली हकीकत खू चिन्हत बा

 

 

 

ऊ माली हकीकत खू चिन्हत बा

 

 

ऊ माली हकीकत खू चिन्हत बा

बस  चमन  के  फूल जिनत बा

 

अपना सुरतिया पर ध्यान नइखे

ऊ साथी मगर सुन्दर बिनत बा

 

जमाना प्यार के बाजार बनल बा

लोग जिस्म बेचत अउर किनत बा

 

जे भी सरेआम कमाई खात बाटे

सामने देखे वाला थरिया छिनत बा

 

कुछ लोग एइसन मिलऽता अक्सर

जवन पेट काट के पइसा गिनत बा

 

लोग दलितन के पसीना के हक खात बा

अउर ओके अछूत कहिके खूबे घिनत बा

 

 

जात जेकर खून के

 

जात पात जेकर खून के पहचान बाटे

तथ्य में ओकरी ना तनिको जान बाटे

 

कोठी दुतल्ला बंगला बखरी सब कुछ

ई अछूतन के कइल बस एहसान बाटे

 

कुछ लोग पर मंदिर, मस्जिद में पाबंदी बा

एकर सबूत-ए-गवाही आरती आजान बाटे

 

समाज में जे फरक बा ओकराके कुचल द

मानवता बचावेला  बस  इहे निदान बाटे

 

आपस के द्वेष में धरती पर का का भइल

इतिहास के पन्ना में खून के निशान बाटे

 

सियार सियार संगे कुक्कुर कुक्कुर संगे रहे

परतुं आदमी आदमी के संगे परेशान बाटे

 

हर गली हर शहर में कत्ले माजरा देखके

देखऽ दिल खोलके हंँसत इहँवा शैतान बाटे

 

दिल एतना जिन दुखावऽ की सहाए नाहीं

बात के तुरल जाला त नया बात निकलेला

दिल के हिलोर आँखिन तक आ जाला

झोंका हवा के तेज बाटे

 

 

 

 

Leave A Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

[an error occurred while processing the directive]
error: Content is protected !!