खाली हर घड़ी प्यार के वादा भइल

खाली हर घड़ी प्यार के वादा भइल

 

 

 

 

 

खाली हर घड़ी प्यार के वादा भइल

बस इहे औकात से जियादा भइल

 

बिना करनी के ख्वाब सच नाहीं होई

पांव  नाहीं बढ़ल  बस इरादा भइल

 

बाप की पइसा पर सभे उड़ेला इहाँ

अपनी बेर  भुलाला  शहजादा भइल

 

ना गढ़हा से भय, ना आगी से डर कोई

जे प्रेम की  नशा  में कोई अमादा भइल

 

देखऽ ओ पियक्कड़ के खेत बेचलस

कुछु ना बचल त सीधा सादा भइल

 

जबसे समलैंगिकता के कानून आइल

तबसे मादा नर भइल, नर मादा भइल

 

जब सभे मनु सतरुपा के औलाद हउए

त कइसे केहू हराम केहू रामजादा भइल

 

 

 

प्यार आ नफरत में फरक चिन्हे के पडी

 

 

प्यार आ नफरत में फरक चिन्हे के पड़ी

देख भाल के  एगो चुनरी किने के पड़ी

 

देखऽ प्रेम वाला खटिया उजर गइल बा

अब चलऽ  सबके  मिलके बिने के पड़ी

 

सदभाव  गिरवी  पड़ल  नेतन के लगे

ई सबके आपन हक़ बाटे छीने के पड़ी

 

चारु ओरी देखऽ बुराई बाटे फइलल

तहार जब भी नजर पड़ी घिने के पड़ी

 

 

 

 

Leave A Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

[an error occurred while processing the directive]
error: Content is protected !!