जियल कठिन बा पर जियल चाहेला आदमी

 

 

जियल कठिन बा पर जियल चाहेला आदमी  घाव जब हो जाला त सियल चाहेला आदमी     आपन दुख सहल सहज ना होला कबो केहूके  बाकिर दोसरा के दुख दिहल चाहेला आदमी     जनम से मउगत तलक जिम्मा केहू ना निभावे  किन्तु हरपल ऊँचा पद लिहल चाहेला आदमी

 

 

 

जियल कठिन बा पर जियल चाहेला आदमी

 

 

 

जियल कठिन बा पर जियल चाहेला आदमी

घाव जब हो जाला त सियल चाहेला आदमी

 

आपन दुख सहल सहज ना होला कबो केहूके

बाकिर दोसरा के दुख दिहल चाहेला आदमी

 

जनम से मउगत तलक जिम्मा केहू ना निभावे

किन्तु हरपल ऊँचा पद लिहल चाहेला आदमी

 

होला प्यार सर्बत के तरे अउर माहुर की तरे

घूट जेकर जानबूझ के पियल चाहेला आदमी

 

जे घुसी ऊ डूबहीं जाई ई भँवर एइसन बाटे

फिर भी परान तेज के तिरल चाहेला आदमी

 

निगाह जे उनकी निगाह से

 

निगाह जब उनकी निगाह से अझुराइल

दिल में उनकी प्यार के अनुभव बुझाइल

 

सुधबुध सगरो अचिके नपाता हो गइल

चोर एइसन आके करेजवा में समाइल

 

एगो मोड़ पर ई हादसा प्यार के भइल

कुछ हासिल भइल अउरी कुछु भिलाइल

 

जुग-जुग से चलत एकर रीत इहे बा

ई ओतने अथाह भइल जेतने लुटाइल

 

ना हार के ना जीत के ही दावा करब हम

केहू के दिल मिलल, आपन दिल हेराइल

 

ना डेराइल, ना टुटल, ना झुकल ई कबहूँ

भले शूली चढ़ल आ कि दीवार में चुनाइल

 

 

 

बेलगाम घोड़ा ह इख्तियार में ना आवे

दिल एतना जिन दुखावऽ की सहाए नाहीं

बात के तुरल जाला त नया बात निकलेला

जब दरद ढेर होला त आँसू निकल जाला

 

 

 

 

Leave A Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

[an error occurred while processing the directive]
error: Content is protected !!